Jump to content

एसिड

विकिपीडिया से
धातु के पट्टी जेह पर कुछ दूरी ले दुसरे तरह के टेक्सचर देखात बा
जस्ता (जिंक) एगो आम धातु, हाइड्रोक्लोरिक एसिड के साथे रिएक्शन के बाद

एसिड (अंग्रेजी: Acid; हिंदी: अम्ल) अइसन मॉलिक्यूल चाहे आयन होलें जे प्रोटान (हाइड्रोजन के आयन H+) दे सके लें (ब्रोंसटेड-लौउरी एसिड) या फिर अइसन जे इलेक्ट्रान जोड़ी के साथे कोवैलेंट बंध बना सके लें (लेविस एसिड)। आसान भाषा में कहल जाय तब ई अइसन केमिकल होलें जे रासायनिक रिएक्शन के समय क्षार (बेस) सभ के हाइड्रोजन के आयन दे सके लें। इनहन के pH मान 7 से कम होला। अइसन पदार्थ जिनहन के ई मान 7 से कम होखे एसिडिक पदार्थ कहालें।

एसिड सभ पानी में घुल जालें आ खट्ट सवाद वाला घोल बनावे लें। क्षार सभ के साथे क्रिया करे पर लवण (साल्ट्स) बनावे लें।