Jump to content

नक्शा

विकिपीडिया से

नक्शा चाहे मानचित्र (अंग्रेजी: मैप) पूरा पृथ्वी के या फिर पृथ्वी की कौनो हिस्सा के चित्र के रूप में, सपाट सतह जइसे कि कागज़, कपड़ा, बोर्ड वगैरह पर बनावल निरूपण होला जेवन पैमाना की हिसाब से सही होला आ ए में चीन्हा की द्वारा असली चीजन क स्थान देखावल गइल होला।

नक्सा बनावे के कला आ बिज्ञान के नक्सानवीसी भा कार्टोग्राफी कहल जाला।

लच्छन[संपादन करीं]

  • प्रोजेक्शन - नक्शा हमेशा प्रोजेक्शन के हिसाब से बनावल जाला; प्रोजेक्शन अइसन तकनीक भा तरीका होला जेकरा द्वारा पृथिवी के गोल सतह के सपाट चाहे समतल सतह पर चित्रित कइल जाला। बिना प्रोजेक्शन के बनावल निरूपण ड्राफ़्ट होला, नक्शा ना।
  • पैमाना - नक्शा हमेशा कौनों पैमाना बीछ के ओकरा अनुसार बनावल जाला; पैमाना ऊ अनुपात होला जेतना गुना पृथिवी के छोट क के नक्शा पर देखावल जा रहल होखे।
  • साधारणीकरण/सामान्यीकरण भा जनरलाइजेशन - नक्शा में हमेशा पृथिवी के वास्तविकता के जनरलाइज क के देखावल जाला। एकरा खातिर तीन गो तरीका इस्तेमाल कइल जालें:
    • जनरलाइजेशन बाई एलिमिनेशन - कुछ तत्व के छोड़ दिहल जाला आ खाली जरूरत भर के चीजन के नक्शा पर देखावल जाला
    • जनरलाइजेशन बाई सिंपलीफिकेनेशन - सरल भा आसान क दिहल जाला। जइसे कौनों रोड वास्तव में जेतना मोड़दार जमीन पर होखे ओतना सारा मोड़ नक्शा पर ना देखावल जालें उनहन के सरल क दिहल जाला कर्व के आसान कर्व के रूप में देखा दिहल जाला।
    • जनरलाइजेशन बाई सिंबोलाइजेशन - वास्तविक चीज के चीन्हा द्वारा देखावल जाला।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]