Jump to content

वाचओएस

विकिपीडिया से

वाचओएस (watchOS) एप्पल वॉच के ऑपरेटिंग सिस्टम हवे जे एप्पल कंपनी द्वारा बिकसित कइल गइल बाटे। एप्पल के स्मार्टवाच (स्मार्ट घड़ी) द्वारा इस्तेमाल कइल जाए वाला ई ऑपरेटिंग सिस्टम आईओएस पर आधारित ह आ एहू क कई ठे फीचर आइओएस वाला फीचर नियन बाड़ें। ई 24 अप्रैल 2015 के एप्पल वॉच के साथ रिलीज भइल, ई घड़ी एकलौता डिवाइस हवे जे watchOS पर चले ला। watchOS डेवलपर के इस्तेमाल खातिर WatchKit नाम के एगो एपीआई के सोझा ले आइल गइल।