Jump to content

चंद्रमा के कला

विकिपीडिया से
छापे लायक वर्शन अब सपोर्ट नइखे कइल जात आ एह में रेंडरिंग के खराबी हो सके ला। आपन ब्राउज़र के बुकमार्क अपडेट क लीं आ छापे खाती एह सुबिधा के बजाय अपना ब्राउज़र के डिफॉल्ट प्रिंट फंक्शन के इस्तेमाल करीं।

चंद्रमा के कला या चंद्रमा के अवस्था चंद्रमा द्वारा पृथ्वी के चक्कर लगावत समय चंद्रमा के जेतना हिस्सा पृथ्वी से देखले पर सूर्य के रोशनी से चमकत (प्रकाशित) लउके ला ओही के घटत बढ़त रहला के कहल जाला। जब चंद्रमा के कौनों हिस्सा पृथ्वी से देखला पर चमकत (प्रकाशित) ना लउके ( मने कि चंद्रमा ओह दिन देखाई ना पड़े) तब ई स्थिति के अमौसा (अंग्रेजी में न्यू मून) कहल जाला, एकरे उल्टा (बिपरीत) जहिया चंद्रमा के पृथ्वी के ओर वाला हिस्सा पूरा चमकत (प्रकाशित) लउके ला ओह दिन के पुर्नवासी (अंग्रेजी में फुल मून) कहल जाला।

भारतीय ज्योतिष में चंद्रमा के कला के आधार पर महीना आ तिथि के गणना होल। चंद्रमा आधारित कैलेंडर भी एही कला के अनुसार समय के माप आ लिस्ट बनावे के तरीका होला।